भोजपुरी पर्यायवाची शब्द : जब कई गो शब्द के एगो अर्थ होला त ऊ कुल्हि पर्यायवाची शब्द कहाला। अर्थात् एक शब्द दूसर शब्द के पर्याय होला। जइसे – निचका, लगे, भीरी, कुल्हि शब्दन के माने होला नियरा।

भोजपुरियो में पर्यायवाची शब्दन के कमी नइखें। जवना में से कुछ प्रचलित शब्दन के पर्यायवाची नीचे दिहल गइल बा।

भोजपुरी पर्यायवाची शब्द:

पेड़ – गाछ, रुख, फेड
शरीर – देह, जाँगर, काया
ढक्कन – ढकना, झपना, पेहना
खीर – रसियाव, तसमई, जाउर
काफी – ढेर, पुरहर, पूरा
मनुष्य – आदमी, जन, मनई, लोग
विधवा – राँड़, बेबा, मुसमात ढक्कन
ताकत – बूता, हियाव, काबू
खुशामद् – चिरउरी, निहोरा, हथजोरी
देखना – निरखल, आँकल, ताकल
तंग करना – उबियावल, कँउचावल, खूनसावल, दिकदिकावल
साफ करना – काँछल, पोंछल, धोवल
भूखा – भुखाइल, हहरल, छछाइल, खखाइल
उल्टी करना – ओकाइल, वोकरल, ढकचल
ठीक – नीक, नीमन, बढ़ियाँ
सब – सभ, कुल्हि, समूचा
विष –  बिख, जहर, माहुर
नौकर – नोकर, टहलुआ, चाकर
तौलिया – गमछा, आँवछी, अगौछा
रखवाली – रखउरी, अगोरिया, पहरेदारी, चउकिदारी
किनारा – कोर, पोर, छोर, आर

भोजपुरियो में पर्यायवाची शब्दन के कमी नइखें। जवना में से कुछ प्रचलित शब्दन के पर्यायवाची नीचे दिहल गइल बा।

कुछ भोजपुरी पर्यायवाची शब्द

आग – आगि, भउर
आँख – आँखि, नयन, नैन, नजर
ऊँख – केतारी, ईख, गन्ना
जोरू – जनाना, लुगाई, धनि, मेहरारू, घरनी, मेहर
पेड़ – गाछ, फेंड़, बिरिछ
गोड़ – पैर, टाँग, टॅगरी
सुंदर – नीमन, अच्छा, सुधर
पति – स्वामी, मरद, पिया
मेघ – घटा, बदरी, बादल
मेहरारू – जनाना, जनीजात, औरत, जोरू, घरनी
बछरू – बाछा, बछड़ा, लेख
सामने – सोझा, आगा
चिरई – पंछी, पखेरू, चिरई-चुरुंग
दरवाजा – केवाड़ी, पट, दुआरि
रस्सी – रसरी, जोर, डोरी
गर्दन – गरदन, नरेटी, पेंट, घंटी
छईंटी – दउरी, छईंटा, दउरा, ढाका
लइका – लरिका, बुत, टेल्हा, छौंड़ा, बचवा
लइकी – लड़की, बँउरी, बचिया, बुचिया, बिटिया, धिया
कुआँ – कुईयाँ, इनार, इनरा
डंटा – पैना, सोंटा, लबदा, गोजी
लाठी – लडट, लट्ट, लडर
हवा – बेयार, बतास
चाँद – चनरमा, चंदा, चान
सुरूज – सूरज, आदित, गोसाईं
धरती – भूईंया, जमीन
नौका – नाव, डेंगी, नइया
तालाब – पोखरा, बउली
खटिया – चारपाई, खटोली, खाट
इनार – कुइआँ, कुआँ
ताकत – बूता, काबू, बल
नीचका – नियरा, भीरी, लगे

Leave a comment

Your email address will not be published. Required fields are marked *