भोजपुरी श्रुतिसमभिन्नार्थक शब्द | Homonyms Words in Bhojpuri Language

भोजपुरी में अनेक श्रुतिसमभिन्नार्थक शब्द (सुने में समान बाकिर माने अलगअलग वाला शब्द) बाड़े स, जवन खास-खास जगह प आपन अलग-अलग अर्थ के बोध करे ले स ओकर कुछेक उदाहरण-

भोजपुरी में अनेक श्रुतिसमभिन्नार्थक शब्द (सुने में समान बाकिर माने अलगअलग वाला शब्द) बाड़े स, जवन खास-खास जगह प आपन अलग-अलग अर्थ के बोध करे ले स ओकर कुछेक उदाहरण:

बाँध-पूल नदी के बान्ह
बाघ–साब भा मूज के पातर रसरी

मान-इज्जत; सत्कार
मान (नि)-सियार आ साहिल के रहे के जगह

बान-आदत
बान-तीर

कान-ध्यान दीहल (क्रिया)
कान-अंग विशेष

नाथ-बएल के नाक छेद के नाथे वाली रसरी
नाथ-मालिक

बाढ़-दरियाव में पानी बढ़िाइल
बाढ़-शरीर के विकास

राड़-बदमाश
राँड़-विधवा

डांड़-दण्ड
डॉड-कमर

झाड़-डांट-डपट
झाड़-मुरमुट

भाँड़-नाच विशेष
भाँड़-हांडी

बेदाम-फल विशेष
बेदाम–बिना दाम के

नस-खइनी के चूरन
नस-शरीर में खून वगैरह के छितराइल नली

चाह-इच्छा
चाह-चाय

पूछ-मान
पूछ-पोंछ

संग-साथ
संघ-समूह

तर-तरल, भीजल
तर-नीचे

लर-सह
लर-लगातार

वर-पेड़ विशेष
बर-दुल्हा

खल-लोहा के छोट ओखर
खल-बदमाश

भार-वजन
भार-भूजाई के मजूरी

गोंड-कानू-जाति विशेष
गोड़-पर

खाटी-चारपाई
खाँटी-विशुद्ध

गाज-फेन
गांज–देर

बास-गंध
बांस-गांछ विशेष

डोंड़-पानी के सांप
डोर—पानी खींचे के रस्सी।

बस-मोठर गाड़ी
बस-अधीन
बस-रोक दीहल

जर-बोखार
जर-सोर, जरिया

कर-लगान
कर-देह (तहरा कर प बस्तर ना चढ़ी

कन—कंद-मूल विशेष
कन-चाउर के छांटला के बाद के पूर

फन-फेर में
फन-छत्तर

दन-फिकिर
दन-जल्दी, तुरत (दन से भाग गइल)

मन-दिल
मन-वजन के माप

तन-शरीर
तन-अकड़ल (उ एकदम तन गइल)

झूर-पौधा विशेष (झूर से सउरा खोजल)
झूर-खस्ता आ कड़ा (झूर बजका)

दवा-दवाई
दावा-हक

धारा-पसंघा
धारा-पार

बलि-पूजा चढ़ावे के खातिर जान मारल (बलिदान)
बली-मजबूत

बिना -अभाव में
बीना-एगो बाजा विशेष

समान – बराबर
सामान-बतस, चीज

कूट-अन्न के रास
कूट-खास कागज

कोश-खजाना
कोस – दूरी के माप

जब-जवना समय
जव-अन्न विशेष

जबान-जीभ
जवान-युवक

जोर-बल
जोर-रसरी
जोड़-योगफल

जेवर-गहना
जेवरि-रस्सी

ऐगुन-हानि
अवगुन-खराब गुण

खोल-ढक्कन (रजाई के खोल)
खोल-केवाड़ी खोलल (क्रिया)

बन-कुर्ता के बन टूट गइल (फीला)
बन-बन्द–किवाड़ी बन कल)
बन-जंगल-वन में बाघ रहेले स

मोंट-मोटा (मोंट ककरी मत तूर)
मोटि-खेत पटायेवाला चमड़ा के धोकरी

बैर-दुश्मनी
बइर-फल विशेष

थान – मवेशीन के चूची
थान-कपड़ा के थान

धयान दीं : भोजपुरी अकादमी पत्रिका से लीहल गइल बा