भोजपुरी शब्द के उल्टा अर्थ वाला शब्द : विलोम शब्द (विपरीतार्थक शब्द)

विलोम शब्द के परिभाषा

विलोम के मतलब होला उल्टा। कवनो शब्द के उलट भा विपरीत मतलब देवे वाला शब्द के विलोम कहल जाला आ ओ शब्द के विलोम शब्द कहल जाला, एकर मतलब भइल एक दोसरा के उलट अर्थ देवे वाला शब्दन के विलोम शब्द कहल जाला।

विलोम शब्द बनावे के नियम

लिंग परिवर्तन से:
जइसे:- भाई – बहिन, गाय- बैल, राजा -रानी, लइका – लइकी आदि।

अलग जाति के शब्दन से:
जइसे:- उतिम – मधिम, तीत – मीठ, आगा – पीछा आदि।

उपसर्ग से:
जइसे:- बेरा – कुबेरा , नेत – अनेत , मान-अपमान, करम – कुकरम आदि।

भोजपुरी शब्द के उल्टा अर्थ वाला शब्द | Antonyms in Bhojpuri

  1. आइल – गइल
  2. आखिरी – पहिला
  3. अन्हार -अँजोर
  4. अन्हरिया -अँजोरिया
  5. बेरा – कुबेरा
  6. छोट – बड़
  7. अगाडी – पछाडी
  8. बड़कू – छोटकू
  9. नरम – गरम
  10. मोट -पातर
  11. गोर – सांवर
  12. उजबक – चालाक
  13. उलार – दाब
  14. खट – मीठ
  15. मीठ – तीत
  16. एने – ओने
  17. उजर -करिया
  18. ओरचन – सिरहानी
  19. ओरियानी – बँड़री
  20. कठेस – गील
  21. कँपसल – निधड़क
  22. काँच – पाकल
  23. कीनल – बेंचल
  24. खरकटल – फूलल
  25. गझिन – फॉफर
  26. हलुक – भारी
  27. गलीज – साफ
  28. गजन – आराम
  29. चाकर – पातर
  30. गँहिर – उचास
  31. चिउटी – चिउटा
  32. चोख – भोथर
  33. ढेर – कम
  34. तहार – हमार
  35. दुबराइल – मोटाइल
  36. धनिक – गरीब
  37. गाढ़ – पातर
  38. घरजनवाँ – समहर
  39. अनकर – आपन
  40. चालबाज – सोझबक
  41. पूरुब – पच्छिम
  42. चिचियाइल – चुपाइल
  43. चिन्हार – अनचिन्हार
  44. चीत – पट
  45. छउकल – अहथिर
  46. बड़हन – छोटहन
  47. मरद – मेहरारू
  48. लतरा – दाहिना
  49. लूर – बेलूर
  50. छिछला – गँहिर
  51. छितराइल – समेटाइल
  52. सउसे – आधा
  53. छूत – अछूत
  54. साँच – झूठ
  55. जड़वल – घमाइल
  56. जागल – सुतल
  57. जात – कुजात
  58. जाबल – खुलल
  59. जाम – खुला
  60. जिअतार – मुअतार
  61. जिनिगी – मउअत
  62. जीअल – मुअल
  63. जुआइल – अज्जु
  64. झमरल – फुहिआइल
  65. झाँझर – गँझिन
  66. झाँपल – उघारल
  67. टएट – गुलगुल
  68. टघरल – कठेस
  69. टटका – बसिया
  70. टभकल – लरम
  71. टहकार – मधिम
  72. ठमकल – बढ़ल
  73. ठोस – खँखर
  74. तँवाइल – सुस्ताइल
  75. तातल – सेराइल
  76. तीत – मीठ
  77. तेज – फींका
  78. थउँसल – गोटाइल
  79. थथमल – तेज
  80. थोपल – अँगेजल
  81. दहार – सुखाड़
  82. दहारल – मेंमिआइल
  83. दिन – कुदिन/रात
  84. देहगर – खिनउरी
  85. धंसल – उठल
  86. धाक – बेगम/हलुक
  87. धाकड़ – मुँहचोर
  88. धार – भोथ
  89. धीया – पूता
  90. नइखे – बाटे
  91. नियरा – लम्हारा
  92. नीक – जबून
  93. नीमन – बाउर
  94. नीयर (नीयन) – बेमेल
  95. नुनगर – फींका
  96. नेवर – टएट/टेटिहा
  97. पछुआ – पुरबा
  98. पनिगर – धीमर
  99. पिछुआ – फुफुती
  100. पेटकुनियां – चितान
  101. फइल – सकेत
  102. फइलल – सिकुड़ल
  103. फफराह – सकेता
  104. फफाइल – अहथिर
  105. फरीछ – अंहारा
  106. फाड़ल – सीअल
  107. फुलाइल – कुम्हलाइल/मुरझाइल
  108. बटोरल – छितरावल
  109. बड़ाई – हिनाई
  110. बड़ाएल – छनछन
  111. बरल – बुताएल
  112. बसगित – उछन्नर
  113. बसाएल – गमकल
  114. बसावल – उजाड़ल
  115. बउक – चाल्हाक
  116. बांड़ – बिअहल
  117. बिआहल – कुँवार
  118. बेर – अबेर
  119. बेरा – कुबेरा
  120. भांड़ल – सरियावल/फरियावल
  121. मउगा – मरद
  122. मिलल – बिछुड़ल
  123. रोपल – उखाड़ल
  124. लकम – बेलकम
  125. लगहर – गाभिन
  126. लगाइत – बेलगाइत
  127. सगुन – अपसगुन
  128. सरद – गरम
  129. सहत – महँग
  130. सुसुम – पाला
  131. सूथर – भेहर
  132. सूधा – मरखाह
  133. सोकन – धवर
  134. हया – बेहया
  135. खाल – उच
  136. घर -दुवार
  137. भीतरी – बहरी
  138. सोझा – अलोता
  139. बइटल  – उठल
  140. हरिहर – सुखल
  141. छोड़ल – पकड़ल