One Word Substitution in Bhojpuri Language | अनेक शब्द खातिर एक शब्द

आपन भोजपुरी बड़ी समृद्ध बा आ शब्दन के खजना से भरल बा हमनी के कई हाली कवनो अइसन शब्द बोल देनी स जवना के मतलब बड़ होला माने अनेक शब्द खातिर एक शब्द।

भोजपुरियो में अनेक शब्द खातिर एक शब्द के कमी नइखें, जवना में से कुछ प्रचलित अनेक शब्द खातिर एक शब्द नीचे दिहल गइल बा।

जेकर मर गइल होखे – मुसमात
जवन छुवे लायक ना होखे – अछूत
जे कम खात होखे – अनखाती
सुन के अनसुना कइल – अनठीआवल
एक दिन बीच क के – आंतर
जवना बरतन मीट मछरी बने – करवाइन
कु करम करे वाला – कुकरमी
कुल के नाम बदनाम करे वाला – कुलबोरन
धीरे धीरे खाये वाला – निखुराह
कमाये वाला – कमासुत
सर (मुड़ी ) की ओर – सिरहानी
गोड़ की ओर – गोनतारी
हर चलावे वाला – हरवाहा
जे माल-मवेशी के चरावे ला – चरवाहा
जेकर कद सामान्य से छोटा होखे – बौना
गीत गावे वाला/वाली – गवैया
पूजा करे वाला – पूजारी
जेकर बियाह भ गइल होखे – बियाहल
जेकर बियाह ना भइल होखे – कुंवार
तुरते जवन लड़िका जन्म ले ले होखे –जनमउती
एगो जनाना के मरद (पति) के दोसर पत्नी – सौतिन
जे घर, खेत, बगइचरा आदि के रक्षा करेला – अगोरिया
जहाँ माल-मवेशी राखल जाय – बथान
जे घास काटे जाय – घसवाहा/ घसवाहिन
जवना रस्सी से इनार से पानी निकालल जाला – उबहन, डोरी
जवना में भूसा राखल जाला – भुसउल, बेढ़ी
जवना के एगो आँख छोट होखे – अईंच
जवना के आँख भूअर होखे – कुईस
जवना घर में खाना पकावल जाला – भनसा, रसोई
जहवाँ अनाज भूजल जाला – घुनसार
जहवाँ खेत से काट के फसल राखल जाला – खरिहान

आपका गानों की दुनिया में स्वागत है. ये website उन लोगो के लिए है जो गानों से प्यार करते है और हर Songs के Lyrics की गहराईयो को समझते है.

This is a place to get the latest and evergreen popular Bhojpuri Hit songs, lyrics were written in Hindi font from filmy and non-filmy hit songs.

BhojpuriLahar.com is now on Facebook, Youtube, and Twitter. Follow us and Stay Updated